सिसिली (Sicily) चाहेसिसली,भूमध्य सागर में सभसे बड़हनदीप हवे आइटली के 20 गो क्षेत्र (प्रांत) सभ में से एगो क्षेत्र हवे। ई इटली के पाँच गो खुद शासित इलाका (ऑटोनॉमस रीजन) सभ में आवे ला आ एकर राजधानीपालेर्मो शहर हवे। पूरा टापू के कुल आबादी लगभग 50 लाख (5 मिलियन) बाटे।
त्रिभुज के आकृति के ई दीप इटली के मुख्य जमीनी एरिया से दक्खिन ओर पड़े ला जेकरा सेमेसिना जलजोड़ एकरा के अलगा करे ला। ई एक तरह से भूमध्य सागर के बीचोबीच वाला हिस्सा में हवे। एकरे दक्खिन-पच्छिम में सभसे नगीचे के जमीनी हिस्साट्यूनीशिया के बा आ इनहन के बीचा में के जलजोड़ केसिसिली जलजोड़ कहल जाला। सिसिली के उत्तर मेंटाइरेनियन सागर बा जेह में कई गो दीप आज्वालामुखी बाड़ें;स्ट्राम्बोली इनहने में से हवे। सिसिली के सभसे प्रमुख रूप से जानल जाये वाला भूगोलीय चीजमाउंट एटना हवे जे यूरोप के सभसे ऊँच सक्रिय ज्वालामुखी हवे आ दुनियाँ के कुछ सबसे बेसी सक्रिय ज्वालामुखी सब में सामिल बा।