Movatterモバイル変換


[0]ホーム

URL:


Jump to content
विकिपीडिया
खोज

रोम

विकिपीडिया से
रोम
ऊपर से घड़ी के सुई अनुसार: दि कोलोसियम, सेंट पीटर्स बसीलिका, कासल सेंट'एंजेलो, पोंटे सेंट'एंजेलो, ट्रेवी फब्बारा आ पैन्थिया
ऊपर से घड़ी के सुई अनुसार: दि कोलोसियम, सेंट पीटर्स बसीलिका, कासल सेंट'एंजेलो, पोंटे सेंट'एंजेलो, ट्रेवी फब्बारा आ पैन्थिया
रोम is located in Italy
रोम
रोम
इटली में लोकेशन
Coordinates:41°54′N12°30′E / 41.900°N 12.500°E /41.900; 12.500निर्देशांक:41°54′N12°30′E / 41.900°N 12.500°E /41.900; 12.500
देस इटली
क्षेत्रलाजियो
Area
 • कुल1,285 किमी2 (496.3 बर्ग मील)
Elevation
21 m (69 ft)
Population
 (30 सितंबर 2017)
 • Rankइटली में 1हिला, यूरोपियन युनियन में 4था
 • Density2,236/किमी2 (5,790/बर्ग मील)
 • कम्यून
2,874,558[1]
 • मेट्रो शहर
4,357,041[2]
Time zoneUTC+1 (सीईटी)
डाक कोड
00100; 00118 से 00199
Area code06
Websiteकम्यूने दि रोमा

रोम (Rome)यूरोप महादीप के एगो प्रमुख शहर आइटली देस के राजधानी हवे। रोम राजधानी क्षेत्र के अलग कम्यून (नाँवकम्यूने दि रोमा कैपिताले[नोट 1]) के रूप में प्रशासन बेवस्था बा आ ई इटली के लाजियो क्षेत्र के राजधानी के रूप में भी हऽ। अपना 2,874,558 निवासी लोग के साथ 1,285 किमी2 (496.1 वर्ग मील) इलाका वाला,[1] ई कम्यून इटली के सभसे घन आ सभसे ढेर आबादी वाला कम्यून भी हवे। ईयूरोपियन यूनियन के देस सभ में चउथा सभसे बड़ शहर हवे। ई शहर मेट्रोपॉलिटन रोम के बीचोबीच वाला हिस्सा हवे आ अगर पूरा मेट्रो रोम के हिसाब में लिहल जाव तब एकर जनसंख्या करीबन 4.3 मिलियन (43 लाख) बाटे।[2] रोम के लोकेशन इटली प्रायदीप के बिचला-पच्छिमी प्रांत के हिस्सा बा आ लाजियो के भीतर,टाइबर नदी के किनारे बसल बा। अउरी खास बात ईहो बा कि एह शहर के भितरें ईसाई धरम के केंद्रवेटिकन सिटी भी मौजूद बा जे अलगा राज्य के दर्जा वाला देस मानल जाला। एही कारण कबो-कबो रोम के दू गो देस सभ के राजधानी भी कहल जाला।[3][4]

भूगोल

[संपादन करीं]

लोकेशन

[संपादन करीं]

रोम बिचली इटली के लाजियो इलाका में पड़े ला आ टाइबर नदी के तीरे बसल बाटे। मूल आबादी ओह पहाड़ी सभ पर बसे सुरू भइल रहल जिनहन के ढाल टाइबर दीप के ओर रहल, नदी पर एगोलचका (फोर्ड) के ओर मुँह कइले, ई एह नदी पर एह इलाका में एकलौता प्राकृतिक उपटान के हिस्सा रहल जहाँ से नदी आसानी से पार कइल जा सकत रहल होखे। राजा लोग के रोम, सात गो पहाड़ी सभ पर बसल: अवेंताइन पहाड़ी, काईलियन पहाड़ी, कैपिटलाइन पहाड़ी, एस्क्वीलाइन पहाड़ी, पैलेटाइन पहाड़ी क्विरिनल पहाड़ी आ विमिनल पहाड़ी पर। आज के समय के रोम से एनीन नाँव के एगो अउरी नदी गुजरे ले। ई इतिहासी रोम के बीच में, टाइबर नदी में आ के मिल जाले।

हालाँकि, शहर के सेंटर टाइरेनियन सागर से करीबन 24 किलोमीटर (15 मील) भीतर के ओर बा, शहर के सीमा समुंद्र के तीरे ले बाटे। एहर के ओर पच्छिमी-दक्खिनी डिस्ट्रिक्ट ओस्तिया पड़े ला। रोम के बिचला हिस्सा के ऊँचाई समुंद्र तल से 13 मीटर (43 फीट) (पैन्थिया के बेस के लगे) से 139 मीटर (456 फीट) (मारियो परबत) तक ले बाटे।[5] रोमकम्यून के कुल एरिया लगभग 1,285 वर्ग किलोमीटर (1.3831624885×1010 वर्ग फु) बाटे जेह में कई गो हरा-भरा इलाका भी बाड़ें।


नोट

[संपादन करीं]
  1. Comune di Roma Capitale

संदर्भ

[संपादन करीं]
  1. 1.01.1"Statistiche demografiche ISTAT".Archived from the original on 22 सितंबर 2017. Retrieved14 February 2018.
  2. 2.02.1Bilancio demografico Anno 2014 (dati provvisori). Provincia: RomaArchived 2015-02-05 at theWayback Machine – Demo.istat.it
  3. "Discorsi del Presidente Ciampi". Presidenza della Repubblica. Archived fromthe original on 21 September 2013. Retrieved17 May 2013.
  4. "Le istituzioni salutano Benedetto XVI". La Repubblica.Archived from the original on 2 मार्च 2013. Retrieved17 May 2013.
  5. Ravaglioli, Armando (1997).Roma anno 2750 ab Urbe condita (Italian में). Rome: Tascabili Economici Newton.ISBN 978-88-8183-670-3.
Stub iconयूरोप के भूगोल या अस्थान से संबंधित लेख एगोआधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा केबढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं।
Stub iconभूगोल-संबंधित लेख एगोआधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा केबढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं।
"https://bh.wikipedia.org/w/index.php?title=रोम&oldid=780263" से लिहल गइल
श्रेणीसभ:
छिपावल गइल श्रेणी सब:

[8]ページ先頭

©2009-2025 Movatter.jp