मार्चग्रेगरियन कैलेंडर आ जूलियन कैलेंडर दुनों में तिसरा महीना ह। ई महीना 31 दिन के होला आ साल के अइसन दुसरा महीना हवे। एकरा पहिलेफरवरी आ एकरे बादअप्रैल के महीना पड़े लें। उत्तरी गोलार्ध में मार्च के महीना सेबसंत के सुरुआत होला जबकि खगोलीय तरीका से 20 या21 मार्च केबसंत बिसुव (दिन-रात बराबर) पड़े ला आ खगोलीय बसंत के सुरुआत होला। दक्खिनी गोलार्ध में ई पतझड़ के सुरुआत होला।
भारतीय हिसाब से मार्च के महीना मेंफागुन-चइत के महीना ओभरलैप करे लें आशिवराति आहोली नियर तिहुआर अक्सरह मार्च के महीना में पड़े लें काहें से कि इनहन केहिंदू पतरा अनुसार पड़े वाला तिथी के आधार पर मनावल जाला।
पुराना जमाना में, रोमन कैलेंडर आ अउरी यूरोपीय कैलेंडर सभ में मार्च के महीना साल पहिला महीना होखे जब एकरे साथे बसंत के सुरुआत होखे। एकर नाँव ओही जमाना केमरीचस भामारिटस के बदल चुकल रूप हवे आ एकर ई नाँव यूनानी कथा के देवता मार्स के नाँव पर रखल गइल हवे। मार्स के जुद्ध के देवता मानल जाला आ खेती किसानी आ रक्षा करे वाला देवता के रूप में भी। उत्तरी गोलार्ध आ खासकर यूरोप में जाड़ा के बाद खेती किसानी आ जुद्ध के सुरुआत के इहे सीजन रहे।
फिनलैंड के भाषा में मार्च केमालिस्कू (maaliskuu) कहल जाला, एह के उत्पत्तीमालिनेन कू (maallinen kuu) से भइल बतावल जाला जेकर मतलब होला, मार्च में, धरती भा जमीन जाड़ा मेंबरफ से तोपाइल रहे के बाद वापस लउके सुरू हो जाला (हालाँकि, ई उत्पत्ती शब्दशास्त्र आधारित अनुमान बा आ कौनों अन्य परमान नइखे)। यूक्रेनियाई भाषा में एकर नाँवберезень/बेरेजेन हवे, जेकर मतलब बर्च के फेड़ होला, एही तरे चेक भाषा में भी ब्रजेन (březen) कहल जाला। सैक्सन भाषा में एकरा के लेंटमोनाट (Lentmonat) कहल जाला जे, मार्च बिसुव के आधार पर आ दिन के लंबाई बढ़े के आधार पर रखल गइल हवे (लेंट के अंग्रेजी के लेंथ भा लंबाई से समानता धियान दिहल जाय)। एगो अउरी नाँव Rhed-monat भा Hreth-monath (देवी Rhedam/Hreth के नाँव पर) हवे, आ एंगल्स लोग एह महीना के Hyld-monath कहे ला।
स्लोवेनियाई भाषा में पारंपरिक नाँव sušec हवे, जेकर मतलब ई होला कि जमीन अब अतना सूख चुकल बा कि खेती खाती ओकरा के जोतल जा सके ला। अन्य नाँव brezen आ breznik भी इस्तेमाल होलें, "बर्च के महीना" के अरथ में। तुर्की भाषा मेंमार्ट (Mart) मार्स देवता के नाँव पर दिहल गइल हवे।