बियॉन्से गज़ेल नोवेल्स, के जनम 4 सितंबर 1981 केह्यूस्टन,टेक्सास मेसेलेस्टिन "टीना" नोवेल्स (née Beyonce), जे हेयरड्रेसर आ सैलून के मालिक रही, आमैथ्यू नोवेल्स, जेजेरोक्स के बिक्री प्रबंधक रहन, के घरे भइल; टीनालुइसियाना क्रियोल हई, आ मैथ्यूअफिरकी अमेरिकी हवन। बियॉन्से के छोट बहिनसोलेंज नोवेल्सो एगो गवइआ हई आडेस्टिनीज चाइल्ड ला बैकअप डांसर रहल बाड़ी। सोलेंज आ बियॉन्से पहिली बहिन बाड़ी जिनहन के नंबर वन एल्बम रहल।
बियॉन्से के नाना-नानी, लुमास बियॉन्से आ एग्नेज डेरेओन (ओडिलिया ब्रौसार्ड आ यूजीन डिरूएन के बेटी) फ्रेंच भासी लुइसियाना क्रियोल रहल लोग, जिनहन के जड़न्यू आइबेरिया मे रहल। बियॉन्से केक्रियोल मानल जाला, जवन की इनकर अजो-आजी लोग रहल। अपना महतारी के देने से, बियॉन्से फ्रांस के दक्खिन-पच्छिम के कय गो फ्रांसीसी कुलीन लोग के बंसज बाड़ी, जेकरा मे 9वीं सदी से ले के विस्कॉन्ट डी बेअर्न के परिवार आ विस्कॉन्ट डी बेलजुंस के परिवारो बा। ईजीन-विंसेंट डी अब्बाडी डी सेंट-कास्टिन के बनज हई, जे एगो फ्रांसीसी धनी बेकत आ सैन्य नेता रहन जे एकेडिया मे अंगरेज सभ के खिलाफ मूल निवासी अबेनाकी के संगे लड़ाई लड़ले रहन, आ एकेडियन नेता जोसेफ ब्रौसार्ड ओ के। इनकर चउथा परदादी मैरी-फ्रांसोइस त्राहन के जनम 1774 मेफ्रांस के बेले आइल पऽ बसल बैंगोर मे भइल। त्राहन एकेडियन लोग के बेटी रही जे ब्रिटिस देस निकाला के बाद बेले आइ के सरन लेले रहली। एस्टेट्स ऑफ ब्रिटनी बेले आइल के जमीन सभ 78 गो एकेडियन परिवार आ पहिले से बसल निवासी लोग के बीचे बखरा लगा दिहले रहे। त्राहन परिवार दस बरिस से ढेर समय ले बेले आइल पऽ रहल आ एकरे बाद ऊ लोग लुइसियाना मे आप्रवास कइल, जहाँ इनके बियाह एगो ब्रौसार्ड के वंशज से भइल। बियॉन्से उनके वंश पर शोध कइली आ पता चलल कि ऊ एगो गुलाम मालिक के वंशज हवे जे उनके गुलाम से बियाह कइले रहल। इनकर महतारीओ दूर के यहूदी, स्पेनिश, चीनी आ इंडोनेशियाई मूल के हई।
बियॉन्से के कैथोलिक रूप से पोसल गइल बा आ ह्यूस्टन के सेंट मैरी मोंटेसरी स्कूल से इनकर पढ़ाई भइल बा, जहाँ ऊ नाच के कक्षा मे नाम लिखववली। इनकर गवइ के खोज तब भइल जब नाच सिखावे वाली डार्लेट जॉनसन एगो गीत गावे लगली आ ऊ एकरा के खतम कइली, उहो ऊपर के सुर लगा के। सात साल के उमिर मे स्कूल टैलेंट शो जीतला के बादो बियॉन्से के संगीत आ परफार्मेंस मे रुचि जारी रहल, शो मे जॉन लेनन के "इमैजिन" गा के बियॉन्से 15/16 बरिस के लइकन के हरा दिहली। 1990 के दसक के अंत मे, बियॉन्से ह्यूस्टन के एगो संगीत स्कूल पार्कर एलिमेंटरी स्कूल मे नाम लिखववली जहाँ ऊ स्कूल के गवइअन संगे गावत रही। एकरे अलावा ऊ हाई स्कूल फॉर द परफॉर्मिंग एंड विजुअल आर्ट्स मे पढ़ाई कइली आ बाद मे एलिफ एल्सिक हाई स्कूलो मे पढ़ाई कइली। बियॉन्से सेंट जॉन यूनाइटेड मेथोडिस्ट चर्च मे दू साल ले एकलवादक के रूप मे गायन दल के सदस्यो रही।
जबे बियॉन्से आठ बरिस के रहली तबे उनकर भेंट लाटाविया रॉबर्सन से ऑल-गर्ल एंटरटेनमेंट ग्रुप के एगो ऑडिशन मे भइल। एह लोग के तीन गो अउरी लइकिन साथे गर्ल्स टाइम नाँव के एगो ग्रुप मे राखल गइल, आ ई लोग ह्यूस्टन के टैलेंट शो सर्किट पर रैप आ डांस कइलस। समूह के देखला के बाद आर एंड बी निर्माता अर्ने फ्रेगर ई लोग के अपना नॉर्दर्न कैलिफोर्निया स्टूडियो मे ले अइले आ स्टार सर्च मे रखलें जे ओह घड़ी के नेशनल टीवी पऽ सभसे बड़ टैलेंट शो रहे। गर्ल्स टाइम जिते ना पइलस आ बाद मे बियॉन्से कहली कि ऊ लोग जवन गीत पेस कइलस ऊ नीमन ना रहे 1995 मे बियॉन्से के बाबू एह समूह के प्रबंधन करे ला अपना नौकरी छोड़ि दिहलें। एकरा से बियॉन्से के परिवार के आमदनी आधा हो गइल अउरी उनकर माइ-बाबू के आपन घर अउरी गाड़ी बेच के अलग-अलग अपार्टमेंट मे रहे के पड़ल। मैथ्यू मूल लाइन-अप के चार कर दिहलें आ ई समूह अन्य स्थापित आर एंड बी गर्ल ग्रुप सभ खातिर एगो ओपनिंग एक्ट के रूप में परफार्म करत रहल। ई लइकियन के रिकार्ड लेबल सभ से पहिले ऑडिशन दिहल गइल आ अंत मे इलेक्ट्रा रिकार्ड्स मे साइन कइल गइल, कुछ समय खातिर अटलांटा रिकार्ड्स में आ गइलें आ अपना पहिली रिकार्डिंग पर काम कइलें, बाकी कंपनी द्वारा इनहन के काट दिहल गइल। एहसे परिवार पऽ अउरी तनाव पैदा हो गइल अउरी बियॉन्से के माइ-बाबू अलग हो गइल लोग। 5 अक्टूबर 1995 के ड्वेन विगिन्स के ग्रास रूट्स एंटरटेनमेंट एह समूह के साइन कइलस। 1996 मे ई लइकी लोग सोनी म्यूजिक संगे समझौता के तहत आपन पहिला एल्बम रिकार्ड कइल शुरू कइलस, नोल्स परिवार फेर से एक हो गइल, एह समूह के कोलंबिया रिकार्ड्स के साथ अनुबंध मिलल।