12.5 बिटकॉइन प्रति ब्लॉक (लगभग हर 10 मिनट) 2020 तक ले,[12] एकरे बाद 6.25 बिटकॉइन प्रति ब्लॉक 4 साल खातिर, जबले अगिला बिभाजन न होखे। ई बिभाजन 2110–40 ले जारी रही, तबतक ले 2.10 करोड़ बिटकॉइन जारी हो गइल होखी।
बिटकॉइन भाबिटक्वाइन (Bitcoin) एगो क्रिप्टोकरेंसी बा आ डिजिटल पेमेंट के सिस्टम बा[13]:3 जेकर आबिस्कार केहू बेनाम प्रोग्रामर भा प्रोग्रामर लोग के मंडली द्वारा सातोशी नाकामोटो के नाँव से कइल गइल।[14] ई ओपन-सोर्स सॉफ्टवेयर के रूप में साल 2009 में लॉन्च भइल।[15]
ई सिस्टम पियर-टू-पियर होला, आ लेनदेन के काम डाइरेक्ट होला, बिना केहू बिचौलिया के।[13]:4 नेटवर्क के नोड द्वारा ई लेनदेन वेरीफाई होला आब्लॉकचेन नाँव के पब्लिक बही में दर्ज होला। अब चूँकि, ई सिस्टम बिना कौनों एक ठो सिंगल केन्द्रीय भंडार या सिंगल प्रशासनकर्ता के होला, एकरा के दुनिया के पहिला बिकेंद्रित करेंसी के रूप में भी देखल जा रहल बा।[13]:1[16]
माइनिंग के बदले में हासिल करे के साथे-साथ ई दुसरा करेंसी सभ से भी बदल के हासिल कइल जा सकत बाटे,[17] कौनों प्रोडक्ट भा सर्विस के बदले भी हासिल कइल जा सकत बाटे, भले ई ब्यापार कानूनी तौर पर होखे भा गैरकानूनी बजार में होखे।[18][19]
फरवरी 2015 तक ले, 1,00,000 से अधिका ब्यापारी आ वेंडर लोग बिटकॉइन में पेमेंट स्वीकार करत रहल बा। कैम्ब्रिज इन्वर्सिटी के एगो 2017 में भइल रिसर्च में 29 से 58 लाख यूनीक उपभोक्ता लोग द्वारा क्रिप्टोकरेंसी के बटुआ इस्तेमाल करे के जानकारी सोझा आइल, एह में ज्यादातर लोग बिटकॉइन के इस्तेमाल करे वाला रहल।[20]
हाल में एगो बिबाद सोझा आइल जेह में बतावल गइल कि क्रेग राईट आ डैवक्लाइमेन नाँव के लोग अमेरिका में एगो कंपनी सुरू कइल आ बिटकॉइन के माइनिंग सुरू कइल, 2013 में क्लाइमैन के मउअत भ गइल आ क्लाइमैन के परिवार के आरोप बाकी धोखाधड़ी से राईट सगरी अधिकार अपने नाँव क लिहलें। राईट अपना के बिटकॉइन के बनावेवाला होखे के दावा कइले रहलें बाकी कड़ाई होखे प एह बात से इनकार करे लगलें। इनका प क्लाइमेन के परिवार पाँच अरब डालर के मुकदमा कइले बा।[21]
↑ 2014 तक ले[update], BTC आम इस्तेमाल में कोड रहल।[4] ई ISO 4217 के साथ उचित ना रहल, काहें कि BT भूटान के देस कोड हवे, आ ISO 4217 के मोताबिक पूरा दुनिया खातिर 'X' से शुरू होखे वाला कोड होखे के चाहीं।
↑ 2014 तक ले[update], XBT रहल जे ISO 4217 के अनुसार रहल हालाँकि एकर हिस्सा ना रहल, Bloomberg L.P.,[5] CNNMoney,[6] आ xe.com द्वारा इस्तेमाल कइल जात रहल।[7]
↑ यूनिकोड वर्शन 10.0 में ई चीन्हा U+20BF (₿) पर जून 2017 में शामिल कइल गइल।[8]
123Jerry Brito; Andrea Castillo (2013)."Bitcoin: A Primer for Policymakers"(PDF).Mercatus Center. George Mason University. Archived fromthe original(PDF) on 2013-09-21. Retrieved 22 अक्टूबर 2013.{{cite web}}:Unknown parameter|lastauthoramp= ignored (help)
↑S., L. (2 November 2015)."Who is Satoshi Nakamoto?".The Economist. The Economist Newspaper Limited. Retrieved23 September 2016.