फ़्रांसयूरोप महादीप के पच्छिमी हिस्सा में एगो देस हवे। फ्रांस के राजधानीपैरिस हवे आ ई दुनिया के परभावशाली देसन में से एक हवे। फ्रांस देस के राज्यक्षेत्र एकरा मुख्य भूमि के अलावा बाकी कई समुंदरपार राज्यक्षेत्र आ इलाका सभ के रूप में भी बा। यूरोप में मौजूद फ्रांस के मुख्य भूमि के मेट्रोपोलिटन फ्रांस कहल जाला। ई मुख्य भूमि,भूमध्यसागर से ले केइंग्लिश चैनल आ नार्थ सागर ले, आराइन नदी से ले केअटलांटिक महासागर तक ले बिस्तार लिहले बा। समुंदरपार इलाका में दक्खिन अमेरिका महादीप पर फ्रेंच गयाना के रूप में आ अउरी कई गो दीप सभ के रूप में बा जे अटलांटिक,प्रशांत आहिंद महासागर में स्थित बाने। फ्रांस के कुलरकबा 6,43,801 बर्ग किलोमीटर बा आ इहाँ के कुल जनसंख्या जनवरी 2017 के अनुमान अनुसार 6.7 करोड़ रहल। राजनीतिक हिसाब से ई एकात्मक आ आधा-राष्ट्रपतीयरिपब्लिक हवे। सभसे बड़ शहर आ राजधानी पैरिस बा के सांस्कृतिक, आर्थिक आ बाणिज्य के राजधानी भी बा। अन्य प्रमुख शहर सभ में मार्सेली, लियोन, लिले, नाइस, तुलू आ बोर्दों के नाँव गिनावल जा सके ला।
कला, संस्कृति, बिज्ञान आ दर्शन के क्षेत्र में लंबा समय से फ्रांस के पूरा दुनिया में आगे गिनल जा सके लायक जगह रहल बा। ई यूरोप के चउथा सभसे ढेरयूनेस्को बिस्व धरोहर वाला देस हवे। फ्रांस में हर साल 8.3 करोड़ के आसपास पर्यटक लोग आवे ला, एह मामिला में ई दुनिया में नंबर एक पर बा। ई एगो बिकसित राष्ट्र हवे आ नामिनल जीडीपी के हिसाब से दुनिया के पाँचवाँ आ पीपीपी के हिसाब से दुनिया के नउवाँ सभसे बड़ देस हवे। समेकित हाउसहोल्ड धन के हिसाब से ई दुनिया में चउथा नंबर पर बा। शिक्षा, सेहत रखरखाव, जीवन प्रत्याशा आ मानव बिकास के मामिला में भी एकर स्थान दुनिया में ऊपर के देस सभ में बा। अबो भी फ्रांस दुनिया के एगो प्रमुख ताकत बा आ ई यूनाइटेड नेशंस के सुरक्षा काउंसिल के पाँच गो स्थाई मेंबर सभ में हऽ जेकरा लगे वीटो पावर बा आ घोषित रूप से परमाणु हथियार संपन्न देस बाटे। यूरोपियन यूनियन आ यूरोजोन के अगुआ देसन में से एक बा। G7, NATO, OECD, WTO आ La Francophonie जइसन पावरफुल अंतरराष्ट्रीय मंडली सभ के सदस्य देस बा।
मूल रूप से पूरा फ्रैकिश साम्राज्य के खाती इस्तेमाल होखे वाला शब्द "फ्रांस" लैटिन भाषा के "फ्रांसिया" से जनमल हवे। एकर अरथ होखे "फ्रैंक लोग के देस"।[8] आधुनिक जुग के वर्तमान फ्रांस के अब्बो इटैलियन आ स्पेनी भाषा सभ में "फ्रांसिया" कहल जाला, जर्मन भाषा में "फ्रांकरीष" आ डच भाषा में "फ्रांकरिज्क" कहल जाला। इनहन के इतिहासी अरथ उहे हवे, मने कि "फ्रैंक लोग के देस"।
"फ्रैंक" शब्द, जे लोगन के समुदाय खाती इस्तेमाल होखे, के उत्पत्ती के बारे में कई मत बाने। एडवर्ड गिबन आ जैकब ग्रिम के परंपरा के माने वाला लोग के अनुसार[9] ई शब्द अंग्रेजी भाषा के शब्द फ्रैंक (अर्थ फ्री भा आजाद) से उपजल हवे।[10] एकर तर्क ई दिहल जाला कि गॉल (वर्तमान फ्रांस के ज्यादातर भूगोली इलाका के गॉललैंड कहल जाय) के ऊपर कब्ज़ा करे के बाद खाली फ्रैंक लोग अइसन रहल जे लोग के टैक्स देवे से छूट भा आजादी मिलल रहल।[11] दूसर थियरी ई कहे ले कि एह शब्द के उत्पत्ती मूल जर्मनिक भाषा से भइल हवे जहाँ "फ्रांकोन" एक तरह के भाला भा हथियार के नाँव रहल जेकरा के कुल्हाड़ा नियर फेंक के मारल जाय आ जे लोग एह हथियार के इस्तेमाल करे उनहन लोग के फ्रैंक कहल गइल।[12] हालाँकि, बाद में, ई बतावल गइल बा कि एह तरीका के हथियारन के नाँव एह कारन धराइल कि ई फ्रैंक लोग द्वारा इस्तेमाल कइल जायँ, यानी कि नाँव के पड़े के तरीका उल्टा बाटे।[13]
फ्रांस के राज्यक्षेत्र (टेरिटरी) के ज्यादातर हिस्सा पच्छिमी यूरोप में पड़े ला आ एकरा केमेट्रोपोलिटन फ्रांस कहल जाला जवना से कि समुंद्र पार के फ्रांसीसी इलाका सभ से एकरा के अलग बूझल जा सके। एह में फ्रांस के मुख्य इलाका आ आसपास के कुछ दीप सभ सामिल बाने आ एकरे उत्तर मेंनार्थ सागर, उत्तर पच्छिम मेंइंग्लिश चैनल, पच्छिम मेंअटलांटिक महासागर आ दक्खिनपूरुब मेंभूमध्य सागर मौजूद बा। जमीनी सीमा सभ, उत्तर पूरुब मेंबेल्जियम आलक्जमबर्ग, पूरुब में जर्मनी आ स्विट्जरलैंड, दक्खिन पूरुब में इटली आ मोनाको, आ दक्खिन आ दक्खिन पच्छिम में अंडोरा आ स्पेन के साथे बने ला। उत्तर पूरुब के हिस्सा छोड़ दिहल जाय त बाकी फ्रांस के जमीनी सीमा प्राकृतिक सीमा हई स जइसे कि दक्खिन में पिरेनीज पहाड़ से, दक्खिन पूरुब में आल्प्स आ जूरा परबत से आ पूरुब में राइन नदी से। एकरे आकृति के कारण फ्रांस केहेक्सगन (l'Hexagone) यानी षटकोण कहल जाला।
मेट्रो फ्रांस में कई गो दीप भी सामिल बाने जिनहन में सभसे बड़ बाकोर्सिका; एकरे अलावा इंग्लिश चैनल आ भूमध्य सागर में अउरी कई गो छोट छोट दीप बाने।
मेट्रो फ्रांस के लोकेशन 41° आ 51° N अक्षांस अउरी 6° पच्छिमी आ 10° पूरबी देशांतर के बीच बा आ ई उत्तरी उपोष्ण कटिबंधी इलाका में पड़े ला। एकर महादीपी हिस्सा उत्तर से दक्खिन आ पूरुब से पछिम ले लगभग 1000 किमी लंबाई आ एतने चौड़ाई वाला बाटे।
मुख्य भूमि के अलावा फ्रांस के अधीन कई गो समुंद्र पार इलाका भी बाने:
मेट्रोपौलिटन फ्रांस में थलरूप के मामिला में भरपूर बिबिधता मौजूद बा आ कई किसिम के प्राकृतिक लैंडस्केप पावल जालें। वर्तमान फ्रांस के बड़हन इलाका सभ के उठान कई टेक्टॉनिक हलचल सभ के बाद भइल हवे; उदाहरण खाती पैलियोजोइक जुग में भइल हर्सीनियन उत्थान, जेकरे दौरान आर्मोरिकन पठार आ बिचला पठार (मैसिफ सेंट्रल), मोरवान मैसिफ, वोस्जेज आ आर्डन्नीज परबत माला आ कोर्सिका दीप के निर्माण भइल हवे। एह मैसिफ सभ, मने के ऊँच मजबूत आ कड़ेर चट्टान वाले भूखंड सभ के इर्द-गिर्द कई गो अवसादी बेसिन (सेडीमेंटरी बेसिन) सभ के निर्माण भइल बा जेह में दक्खिनपच्छिम के एक्वाटाइन बेसिन सभ, उत्तर में पैरिस बेसिन वगैरह बाड़ें, पैरिस बेसिन में कुछ सभसे उपजाऊ भूभाग भी बाड़ें जइसे कि ब्यू'ओस आ ब्राइ के सिल्ट बेड सभ। कई गो प्राकृतिक गलियारा नियर भूभाग भी बाड़ें जेह में रो'न घाटी प्रमुख बा आ आवागमन के सुबिधाजनक बनावे ला। समुंद्र तल से लगभग 4,810.45 मीटर (15,782 फीट)[14] के ऊँचाई परमाउंट ब्लांक नाँव के परबत बा जे फ्रांस आ इटली के बाडर वाला हिस्सा में मौजूद आल्प्स परबत के पहाड़ हवे, ई पूरा यूरोप के सभसे ऊँच बिंदु हवे। हालाँकि, फ्रांस के लगभग 60 % म्युनिसिपैलिटी सभ के वर्गीकरण भूडोल के रिस्क वाला इलाका के रूप में कइल गइल बाटे, ई रिस्क मध्यम कटेगरी के बा। फ्रांस के समुंद्री किनारा भी कई तरह के थलरूप वाला बा जे में एक दुसरे से बिल्कुले अलग किसिम के चीज पावल जाला: फ्रेंच रीवीरा के तट परबती इलाका हवे, तटीय क्लिफ पावल जालें जइसे कि कोट-डी-एल्बार्ट्रे, आ भरपूर चाकर बलुआ मैदानी समुंदरी किनारा लैंगुएडॉक के हिस्सा में मिले ला। कोर्सिका एगो दीप हवे जे भूमध्यसागरी किनारे से कुछ दूर प समुंद्र में मौजूद बा। फ्रांस के नदी तंत्र भरपूर बिकसित बा जेह में चार गो प्रमुख नदी बाड़ी: सीन, लोइर, गरोन, आ रोन। एह चारो नदी आ इनाहन के सहायिका सभ के बेसिन के बिस्तार फ्रांस के लगभग 62 % हिस्सा कभर क लेला। रोन नदी के पछिम में सेंट्रल मैसिफ के ऊँच भूभाग हवे आ पूरुब में आल्प्स परबत के उंच हिस्सा हऽ आ ई नदी भूमध्य सागर में गिरे ले। कुछ नदी सभ म्यूज आ राइन नदी के ओर, मने कि उत्तर-पूरुब मुँह के बहे ला। पच्छिमी हिस्सा के नदी सभ पच्छिम मुँह के बहे लीं आ अटलांटिक महासागर में गिरे लीं। फ्रांस के समुंद्री क्षेत्र लगभग 11 मिलियन वर्ग किलोमीटर (4.2×10^6 वर्ग मील) इलाका प बिस्तार लिहले बा, धियान देवे वाली बात ई कि एकर लगभग 97 % हिस्सा मुख्यभूमि से जुड़ल ना बलुक समुंद्र-पार हिस्सा सभ के साथे जुड़ल बाटे।
↑French Land Register data, which exclude lakes, ponds and glaciers larger than 1 km² (0.386 sq mi or 247 acres) as well as the estuaries of rivers.
↑Metropolitan France only. Thepopulation density for the whole territory of the French Republic (including all overseas départements) is 103.49099/km2 (268.04043/sq mi).
↑CET applies to Metropolitan France only. Time zones across the French Republic span from UTC-10 (French Polynesia) to UTC+12 (Wallis and Futuna).
↑CEST applies to Metropolitan France only. Not all overseas territories observe Daylight Saving Time.
↑Perry, Walter Copland (1857). The Franks, from Their First Appearance in History to the Death of King Pepin. London: Longman, Brown, Green, Longmans, and Roberts.
↑उदाहरण:"frank".American Heritage Dictionary.{{cite encyclopedia}}:Invalid|ref=harv (help)"frank".Webster's Third New International Dictionary.{{cite encyclopedia}}:Invalid|ref=harv (help) And so on.
↑Michel Rouche (1987). "The Early Middle Ages in the West". In Paul Veyne (ed.).A History of Private Life: From Pagan Rome to Byzantium. Belknap Press. p. 425.ISBN0-674-39974-9.OCLC59830199.