Movatterモバイル変換


[0]ホーム

URL:


Jump to content
विकिपीडिया
खोज

फुटबाल

विकिपीडिया से
फ़ुटबाल का खेल - दस नंबर वाला खेलाड़ी सामने वाला गोल पोस्ट में गेना मार के गोल कइला की कोसिस में बा

एसोसिएशन फुटबॉल चाहे आम भाषा मेंफुटबॉल आ अंग्रेजी मेंसॉसर एगोगेना क खेल हवे। एकर पूरा नाँव एसोशियेशन फुटबाल ह। जवनी गेना से ई खेल खेलल जाला ओ गेनओ के फुटबाले कहल जाला।

फ़ुटबाल एगो चौकोर मैदान में खेलल जाला जवन 90 से 120 मीटर लम्बा आ 45 से 90 मीटर चाकर होला। दुनो लंबाई वाला छोर पर गोल पोस्ट होला। ए गो टीम में गोलकी के ले के इगारह गो खेलाड़ी होला। टीम क सारा खिलाड़ी आपस में मिल के चालाकी से ई कोसिस करेलन कि सामने वाला गोल पोस्ट में गेना मार दिहल जाय। एही के गोल कइल कहल जाला। ए गो टीम में इगारह गो खेलाड़ी होला जवना में ए गो गोलकी अइसन होला जे गेना के अपनी पेनाल्टी एरिया की भीतर हाथ से पकड़ सके ला नाहीं त बाकी कौनो खेलाडी के गेना के हाथ से ना छुए के रहेला। ए तरे दुनो टीम की बिचा में कम्पटीशन होला कि कवन टीम ढेरगोल क देले। अगर निश्चित समय में दुनों में से कौनो टीम गोल ना का पावेले चाहे दूनो क गोल बराबर हो जाला त अधिका टाइम दिहल जाला। जब अधिकवो टाइमवा खतम हो जाला तब फिर फैसला पेनाल्टी शूट से होला।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
Stub iconएसोसिएशन फुटबाल-संबंधी लेख एगोआधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा केबढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं।
"https://bh.wikipedia.org/w/index.php?title=फुटबाल&oldid=754040" से लिहल गइल
श्रेणीसभ:
छिपावल गइल श्रेणी:

[8]ページ先頭

©2009-2025 Movatter.jp