Movatterモバイル変換


[0]ホーム

URL:


Jump to content
विकिपीडिया
खोज

जेहाद

विकिपीडिया से

जिहाद भाजेहाद अरबी भाषा के शब्द हवे जेकर शाब्दिक अरथ होला कौनों श्रेष्ठ काम खातिर जूझ परल भा संघर्ष कइल। इस्लामी परंपरा में एह अरथ के बिस्तार कई रंग में भइल बा, अपना अंदर के बुराई के खिलाफ संघर्ष, इस्लाम में बिस्वास न करे वाला लोग के धरम परिवर्तन खातिर जोर दिहल, समाज में नैतिक बेहतरी खातिर जूझल, हालाँकि, सभसे कॉमन चलन में एकर अरथ जुद्ध के साथे जुड़ल बा। परंपरावादी इस्लामी कानून में, इस्लाम में बिस्वास न रखे वाला लोग के खिलाफ हथियारबंद लड़ाई आ संघर्ष के अरथ में एह शब्द के इस्तेमाल भइल बा, जबकि आधुनिक इस्लामी बिद्वान लोग जिहाद के, बचाव में कइल जाए वाला (डिफेंसिव) संघर्ष के रूप में देखे ला। सूफी परंपरा में अपना के नैतिक रूप से बेहतर बनावे खातिर कइल कोसिस केबड़ा जेहाद के रूप में मानल गइल बा। फिलहाल, वर्तमान में ई शब्द खास चर्चा के बिसय आतंकवादी समूहन द्वारा इस्तमाल के कारन बा।

संदर्भ

[संपादन करीं]
Stub iconइस्लाम-संबंधी लेख एगोआधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा केबढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं।
"https://bh.wikipedia.org/w/index.php?title=जेहाद&oldid=607046" से लिहल गइल
श्रेणीसभ:
छिपावल गइल श्रेणी:

[8]ページ先頭

©2009-2025 Movatter.jp