जापानएशिया महादीप की पूरबी छोर पर एगो देश बाटे। एकेऊगत सुरुज के देस भी कहल जाला।
जापान एगो दीपी देस हउवे जेवना में लगभग 3900 दीप बाड़ें। हालाँकि इनहन में चार गो सबसे बड़का दीपहोन्शू,होकैडो,क्यूशू आशिकोकू हवें। ई चारि गो दीप मिलके जापान क लगभग 98% क्षेत्रफल बनावे लें। होन्शू इनहन में सभसे बड़हन दीप हवे। जापान क राजधानीटोकियो हवे जेवन विश्व क सबसे ढेर जनसँख्या वाला शहर (शहरी संकुल) हवे। जापान जनसंख्या की हिसाब से विश्व क दसवाँ नंबर क देश हवे।
जापानप्रशांत महासागर में स्थित बा। एकर उत्तर-दक्खिन बिस्तार ओखोटस्क सागर से ले के दक्खिनी चीन सागर आ ताइवान ले बाटे।
होंशू सबसे बड़हन दीप हवे जेवना पर जापान क लगभग 80% जनसंख्या रहेले। एही दीप पर जापान क सबसे बड़ मैदानक्वान्टो मैदान बाटे।फ्यूजीयामा ज्वालामुखी आ टोकियो शहर भी एही दीप पर बा। जापान की जलवायु पर उत्तर-दक्खिन बिस्तार आ समुद्री स्थिति क परभाव लउकेला। क्यूरोशिवो आ क्यूराइल धारा क प्रभाव इहाँ की जलवायु आ मछली उद्योग पर पड़ेला। जापान क लगभग 66% क्षेत्र पर जंगल बा आ खाली 16% भाग खेती लायक बाटे।
↑"National Flag and National Anthem". Retrieved जनवरी 29, 2017.The Rising Sun Flag and "Kimi Ga Yo" are respectively the national flag and anthem of Japan. This was formalized in 1999 with the Law Regarding the National Flag and National Anthem.
↑"History of Tokyo". Archived fromthe original on 2018-12-25. Retrieved जनवरी 29, 2017.The Edo Period lasted for nearly 260 years until the Meiji Restoration in 1868, when the Tokugawa Shogunate ended and imperial rule was restored. The Emperor moved to Edo, which was renamed Tokyo. Thus, Tokyo became the capital of Japan
↑5.05.1法制執務コラム集「法律と国語・日本語」 (Japanese में). Legislative Bureau of the House of Councillors. Retrieved जनवरी 19, 2009.