जर्मनी (जर्मन:Deutschland), ऑफिशियल तौर परजर्मन फेडरल रिपब्लिक (जर्मन:Bundesrepublik Deutschland,listen (मदद·जानकारी)),[नोट 3][9] मध्य-पूरबी यूरोप में एगो देस बा। ई देस एगो फेडरल संसदीय रिपब्लिक हवे। देस में कुल 16 गो राज्य बाने आ एकर बिस्तार लगभग 3,57,021 बर्ग किलोमीटर इलाका पर बा। इहाँ के जलवायु शीतोष्ण कटिबंधीय बा आ एकसीजन से दूसरा सीजन के बीच में पर्याप्त मौसमी अंतर पावल जाला। इहाँ के जनसंख्या करीब 8.2 करोड़ बा आ ई यूरोपियन यूनियन के सभसे ढेर जनसंख्या वाला देस हवे। अमेरिका के बाद ई दुनिया में दूसरा सभसे पापुलर देस हवे जहाँ बाहरी लोग आ के बसल चाहे ला।[10][11] जर्मनी के राजधानी आ सभसे बड़ शहरबर्लिन बा जबकि ए देस के सभसे ढेर शहरी केंद्र सभ रूर इलाका में मौजूद बाने (मुख्य केंद्र:डार्टमंड आएस्सेन) जबकि देस के अन्य प्रमुख शहर सभ मेंहैम्बर्ग,म्यूनिख,कोलोन,फ्रांकफुर्त,श्टुटगर्ट,डुस्सेलडोर्फ़,लाइपजिग,ब्रेमेन,ड्रेस्डेन,हानोवर आनूरेम्बर्ग बाने।
↑1952 से 1990,Deutschlandlied राष्ट्रगान रहल बाकी ऑफिशियल मोका-महाले खाली तिसरा बंद गावल जाय। 1991 से अब खाली भर इहे तिसरा बंद के राष्ट्रगान मानल जाला।[1]
↑Bundespräsidialamt."Repräsentation und Integration" (German में). Retrieved 8 मार्च 2016.Nach Herstellung der staatlichen Einheit Deutschlands bestimmte Bundespräsident von Weizsäcker in einem Briefwechsel mit Bundeskanzler Helmut Kohl im Jahr 1991 die dritte Strophe zur Nationalhymne für das deutsche Volk. [In 1991, following the establishment of German unity, Federal President von Weizsäcker, in an exchange of letters with Chancellor Helmut Kohl, declared the third verse [of the Deutschlandlied] to be the national anthem of the German people.]
↑Bundesamt für Migration und Flüchtlinge (14 December 2016).Migrationsbericht 2015 [Migration Report 2015](PDF) (German में). Bundesministerium des Innern Referat Öffentlichkeitsarbeit. pp. 213–215. Retrieved 28 मार्च 2017.