Movatterモバイル変換


[0]ホーム

URL:


Jump to content
विकिपीडिया
खोज

सरजू नदी

विकिपीडिया से
(घाघरा से अनुप्रेषित)

सरजू (अउरी नाँव - सरयू नदी, घाघरा नदी, सरजू मइया)हिमालय पर्वत से निकले वाली आ उत्तरीभारत कीगंगा मैदान में बहेवाली एगोनदी ह जेवननेपाल से भारत में प्रवेश करेले आबलियाछपरा की बीच मेंगंगा नदी में मिल जाले।हिन्दू धर्म मेंअवतार मानल जाए वालाभगवान राम के जनम एही सरयू नदी की तीरेअजोध्या में भइल रहे। अपनी ऊपरी हिस्सा में ई नदी दू गो धारा में पहिचानल जालेकालीकरनाली (घाघरा) जिनहन की संगम की बाद ए के सरयू या घाघरा कहल जाला। थोड़ी दूर बाद ए मेंशारदा(नेपाल में नाँव: महाकाली) नदी मिल जाली। भारत में ई नदी पूरा रास्ता भरउत्तर प्रदेश में बहेले आ अंत में थोड़ी दूर ले उत्तर प्रदेश आबिहार क सीमा बनावेले।

सरजू नदी क प्रमुख सहायक नदीराप्ती हवे जेवना की तीरेगोरखपुर नगर बसल बा आ ईबरहज की लगे सरजू जी में मिल जाले। राप्ती की आलावा अउरी कई गो छोट-बड़ नदी ए में मिलेली।

सरजू जी अपनी विशाल जलराशि खातिर जानल जाली आ निचला हिस्सा में कबो-कबोबाढ़ि आवेले। लखीमपुर-खीरी जिला में ई नदीदुधवा बाघ अभयारण्य से हो के गुजरेली आ हाले मेंसूँस की संरक्षण खातिर एहू नदी में कोसिस कइल जात बा। इय के नजदीका शहर के नामफैजाबाद,राजेसुल्तानपुर ,टाँन्डा हैराम नवमी के अजोध्या जी में लाखन लोग सरजू जी में अस्नान करे आवेला।

संदर्भ

[संपादन करीं]
    भारतीय उपमहादीप के हाइड्रोग्राफी
    नदी सभ
    झील / डेल्टा
    समुंद्रतट
    श्रेणी
    उत्तर प्रदेश के हाइड्रोग्राफी
    नदी
    प्रमुख
    उत्तर मुँह
    दक्खिन मुँह
    झील / ताल
    बंधा आ बैराज
    नहर
    पुल
    संबंधित
    आसपास के
    हाइड्रोग्राफी
    Stub iconई लेख कौनोनदी के बारे में एगोआधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा केबढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं।
    "https://bh.wikipedia.org/w/index.php?title=सरजू_नदी&oldid=712195" से लिहल गइल
    श्रेणीसभ:
    छिपावल गइल श्रेणी सब:

    [8]ページ先頭

    ©2009-2026 Movatter.jp