Movatterモバイル変換


[0]ホーム

URL:


Jump to content
विकिपीडिया
खोज

कुर्सी

विकिपीडिया से
कुर्सी, लगभग 1772 के समय के,महोगनी के लकड़ी आ सीट पर लाल चमड़ा मढ़ल। न्यूयार्क के मेट्रोपोलिटन म्यूजियम में।

कुर्सी एक किसिम केफर्नीचर हवे जेह पर बइठल जाला। कौनो आम कुर्सी के बनावट के सभसे प्रमुख बिसेसता होला कौनों मजबूत चीज के बनल चौकोर सीट आ आकरे साथे नब्बे डिग्री के कोण पर लागल पीठ टेके के बेवस्था, जबकि बइठे वाला सीट में चार गो पाया लागल होखे लें। अउरी बनावट में हाथ रखे खातिर दुनों साइड में हत्था हो सके लें। कुछ किसिम में पिठासा कुछ पाछे की ओर ओरमल हो सके ला आ पाया सभ के निचला हिस्सा आपस में मजबूती खातिर पटिया से जोड़ल गइल हो सके लें।

फोल्डिंग कुर्सी के मोड़ के रखल जा सके ला। ई लकड़ी, लोहा, इस्टील आ अउरी बिबिध किसिम के चीज से बनल हो सके लीं।

"https://bh.wikipedia.org/w/index.php?title=कुर्सी&oldid=665227" से लिहल गइल
श्रेणी:

[8]ページ先頭

©2009-2025 Movatter.jp