Movatterモバイル変換


[0]ホーム

URL:


Jump to content
विकिपीडिया
खोज

ओजोन

विकिपीडिया से
ओजोन
ढाँचारुपी सूत्र, चार्ज देखावल गइल बा
ओजोन के गोली-आ-डंडी मॉडल
ओजोन के गोली-आ-डंडी मॉडल
स्पेसफिल मॉडल
स्पेसफिल मॉडल
Names
IUPAC name
ट्राईऑक्सीजन
Properties
O3
मोलर द्रब्यमान48.00 g·mol−1
रूपरंगरंगहीन से ले के पियराहूँ नीला[1]
गंधतीखा[1]
घनत्व2.144 mg cm−3 (at 0 °C)
पघिलाव ताप−192.2 °C; −313.9 °F; 81.0 K
उबाल ताप−112 °C; −170 °F; 161 K
पानी में घुलाव
1.05 g L−1 (at 0 °C)
घुलनशीलताCCl4 में बहुत घुलनजोग,सल्फ्यूरिक एसिड
भाप दाब55.7 atm[2] (−12.15 °C या 10.13 °F या 261.00 K)[नोट 1]
+6.7·10−6 cm3/mol
1.2226 (लिक्विड), 1.00052 (गैस, STP, 546 nm — note high dispersion)[3]
संरचना
C2v
तिरछा (डाईगोनल)
डाईहेडरल
हाइब्रिडाइजेशनsp2 for O1
0.53 D
ताप-रसायनिकी (थर्मोकेमिस्ट्री)
238.92 J K−1 mol−1
फार्मेशन के
इस्टैंडर्ड एन्थाल्पी (ΔfHo298)
142.67 kJ mol−1
Related compounds
संबंधित कंपाउंड
सल्फर डाईऑक्साइड
ट्राईसल्फर
डाईसल्फर मोनोऑक्साइड
चक्रीय ओजोन
Except where otherwise noted, data are given for materials in theirstandard state (at 25 °C [77 °F], 100 kPa).
checkY verify (what is checkY☒N ?)

ओजोन भाट्राईऑक्सीजन एगो अकार्बनिक अणु (मॉलिक्यूल) हवे जेकर केमिकल फार्मूलाO3 हवे। ईआक्सीजन के एलोट्रोप हवे। आक्सीजन के दुसर एलोट्रोप, डायेटामिक आक्सीजन (O2) के तुलना में ई कम स्थाई होले आ निचलावायुमंडल में ओजोन के अणु टूट के डायेटामिक आक्सीजन में बदले लें। ओजोन पियाराहूँ नीला रंग के आ तीखा गंध वाली गैस के रूप में पावल जाले।

पृथ्वी केवायुमंडल में एकर एगो परत 20 से 30 किलोमीटर के ऊँचाई पर पावल जाले जेकरा केओजोन परत कहल जाला। एह परत में ओजोन के निर्माण आ बिनास के काम लगातार चलत रहे ला। एह ऊँचाई पर सुरुज के रेडियेशन के अल्ट्रावायलेट किरन सभ के आ इलेक्ट्रोमैग्नेटिक डिस्चार्ज के सोख के आक्सीजन के अणु टूट जाले आ तीन गो मॉलीक्यूलर आक्सीजन (O) आपस में जुड़ के ओजोन बनावे लें। एह परत के मोटाई सीजन अनुसार आ पृथ्वी के क्षेत्र अनुसार अलग-अलग पावल जाले। पृथ्वी पर जीवन खाती ई ओजोन गैस आ एकर वायुमंडल में मौजूद परत बहुत महत्व के हवे। कारन ई बा की ज्यादातर जीवधारी सभ खाती सुरुज के अल्ट्रावायलेट किरन नोकसानदेह होलीं, जिनहन के ज्यादातर हिस्सा एही ओजोन परत द्वारा सोख लिहल जाला। एह से पृथ्वी के जिया-जंतु सभ के खाती ई परत एक तरह के सुरक्षा ढाल के काम करे ले। मनुष्य के औद्योगिक कामकाज के चलते कई ठे अइसन गैस वायुमंडल में चहुँप रहल बाड़ी जे एह परत में ओजोन के बने के काम के धीरे क देलीं जेकरे कारन ओजोन परत के मोटाई में कमी आ रहल बा। एह घटना केओजोन कटाव कहल जाला। ध्रुव वाला इलाका में ई परत साल के कुछ हिस्सा में अतना पातर हो जाले की एकरा के ओजोन छेद के नाँव दिहल जाला।

ओजोन गैस, बहुत तगड़ा ऑक्सीडेंट होले जेकरे कारण एकर कई तरह के उद्योग सभ में इस्तेमाल कइल जाला।

नोट

[संपादन करीं]
  1. This vapor pressure is for thecritical temperature, which is belowroom temperature.

संदर्भ

[संपादन करीं]
  1. 1.01.1उद्धरण खराबी:Invalid<ref> tag; no text was provided for refs namedPGCH
  2. Gas Encyclopedia;Ozone
  3. Cuthbertson, Clive; Cuthbertson, Maude (1914)."On the Refraction and Dispersion of the Halogens, Halogen Acids, Ozone, Steam Oxides of Nitrogen, and Ammonia".Philosophical Transactions of the Royal Society A.213 (497–508):1–26.Bibcode:1914RSPTA.213....1C.doi:10.1098/rsta.1914.0001. Retrieved4 February 2016.
Stub iconरसायनशास्त्र-संबंधी लेख एगोआधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा केबढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं।
Stub iconपर्यावरण-संबंधी लेख एगोआधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा केबढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं।
"https://bh.wikipedia.org/w/index.php?title=ओजोन&oldid=776282" से लिहल गइल
श्रेणीसभ:
छिपावल गइल श्रेणी सब:

[8]ページ先頭

©2009-2025 Movatter.jp