Movatterモバイル変換


[0]ホーム

URL:


Jump to content
विकिपीडिया
खोज

अखबार

विकिपीडिया से

अखबार (Newspaper,हिंदी:समाचारपत्र,उर्दू:اخبار) एक ठो धारावाहिक प्रकाशन[1][2][3] होला जे आमतौर परसमाचार (खबर), अउरी सूचना आ जानकारी परक लेख, आपरचार के सामग्री छापे ला। अक्सरहा ई एक ठो कम बढियाँ दर्जा के कागज, जेकरा केअखबारी कागज भी कहल जाला, पर छपे ला। बर्तमान में लगभग सगरी बड़ा अखबार सभ केऑनलाइन प्रकाशन भी होत बाटे आ इनहन के ऑनलाइन अखबार या समाचार साइट कहल जाला।

अखबार, रोज-रोज, हप्तावार या महीना-वार छपे वाला हो सकेला जबकि कुछ हप्तावार छपे वाली अइसने चीजपत्रिका के रूप में होला जेकरा के साप्ताहिक पत्रिका कहल जाला।

आमतौर पर अखबार में राष्ट्रीय, अंतर्राष्ट्रीय आ लोकल स्तर के खबर; राजनीतिक बिस्लेषण,खेल जगत के खबर आसिनेमासाहित्य से जुड़ल नया जानकारी छपे ला। लगभग सगरी प्रतिष्टित अखबारन में एक ठो पन्ना संपादकीय के भी होला आ आम-राय छापे के पन्ना भी होला जेकरा ऑप-ऍड पन्ना कहल जाला। दैनिक, यानि की रोज छपे वाला अखबार में साप्ताहिक रूप से अलग-अलग बिसय पर कुछ पन्ना के सप्लीमेंट भी छपे ला।

अखबार,पत्रकारिता के माध्यम के रूप मेंमीडिया के एक ठो प्रमुख अंग होला। ज्यादातर अखबार आजकाल बिजनेस बाड़ें जिनहन के आय के स्रोत बिक्री आ बिज्ञापन से बाटे। कुछ समाचार पत्र सरकारी फंडिंग वाला भी होलें (आंशिक भा पूरा तौर पर) जिनहन के जिंदा रहे खातिर कम मुश्किल हालत के सामना करे के पड़े ला। अखबार के चालू रहे आ लाभ में रहे खातिर कइल जाये वाला प्रयास के कारन अखबार केसंपादकीय आजादी हमेशा केहू-न-केहू के इंटरेस्ट के बिसय रहे ला आ एही से ओह पर सवालिया निशान भी लगे ला।

अखबार अपना खबर खातिर खुद भीपत्रकार नियुक्त करे लें आ दूसरासमाचार एजेंसी सभ से भी खबर आ फोटो खरीदे लें।

साल 2005 के आसपास, पुरा दुनिया में रोज 6,580 अखबार छपें आ इनहन के 3950 लाख कॉपी बिके।[4] बाद के समय में ऑनलाइन मीडिया के आगमन के बाद अखबारन के छपल संस्करण के बिक्री में गिरावट देखल गइल बाटे।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]

संदर्भ

[संपादन करीं]
  1. "Newspaper".=DLIS — Online Dictionary for Library and Information Science. Abc-Clio. Retrieved2015-07-08.{{cite web}}: CS1 maint: extra punctuation (link)
  2. "Serial".ODLIS — Online Dictionary for Library and Information Science. Abc-Clio. 2006-11-12. Retrieved2012-08-06.
  3. "Periodical".ODLIS — Online Dictionary for Library and Information Science. Abc-Clio. Retrieved2012-08-06.
  4. "''A Daily Miracle: A student guide to journalism and the newspaper business'' (2007)"(PDF). Archived fromthe original(PDF) on 2011-05-15. Retrieved 21 मई 2012.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]
अंग्रेजी विक्शनरी मेंnewspaper खातिर देखीं।
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडियाNewspapers पर मौजूद बा।
  • NewsTornado – अखबार के सर्कुलेशन के बिस्वव्यापी नक्शा।
"https://bh.wikipedia.org/w/index.php?title=अखबार&oldid=782051" से लिहल गइल
श्रेणीसभ:
छिपावल गइल श्रेणी सब:

[8]ページ先頭

©2009-2025 Movatter.jp